ePaper

Bhojpuri News Bulletin: भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के बड़हन खबर, जानी आपन प्रदेश अउर शहर के हाल

Updated at : 11 Oct 2022 6:37 PM (IST)
विज्ञापन
Bhojpuri News Bulletin: भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के बड़हन खबर, जानी आपन प्रदेश अउर शहर के हाल

Bhojpuri News बिहार में सियासी हलचल से लेके अपराध अउर शिक्षा से जुड़ल हर तरह के घटना के खबर भोजपुरी में देंखी . साथे ताजा खबर से अपडेट रहे खातिर prabhatkhbar.com पर बनल रहीं.

विज्ञापन

https://youtu.be/GxBgq5C3VeA

1. जेपी जयंती पे गृह मंत्री अमित शाह उकंर गांव पहुंचलन.

लोकनायक जयप्रकाश नारायण के जयंती पे उकंर पैतृक गांव सिताब दियारा केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह पहुंचलन. अमित शाह जेपी के आदमकद प्रतिमा के अनावरण कइलन अउर सभा के संबोधित कइलन.

2. जेपी जयंती पे सीएम नीतीश कुमार कयेलन प्रतिमा के मल्यार्पण.

मुख्यमंत्री नीतीश कुमार मंगलवार के जेपी के जयंती पे आयोजित राजकीय समारोह में इनकम टैक्स चौराहा पहुंचलन. नीतीश कुमार जेपी के प्रतिमा पे माल्यार्पण कर उकंरा के नमन कयेलन.

3. JP के जन्मभूमि पे यूपी के सीएम आदित्यनाथ सभा संबोधित कइलन.

लोकनायक जयप्रकाश नारायण के जयंती पे उकंर जन्मभूमि सिताब दियारा में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सभा के संबोधित कइलन. आपन संबोधन में यूपी के मुख्यमंत्री बिहार सरकार पे जोरदार हमला बोलेलन.

4. कांग्रेस अध्यक्ष पद चुनाव के लेके मल्लिकार्जुन खड़गे पटना पहुंचलन.

कांग्रेस के राष्ट्रीय अध्यक्ष पद पे मतदान के लेके आपन पक्ष में अपील करे खातिर कांग्रेस प्रत्याशी व पार्टी के वरिष्ठ नेता मल्लिकार्जुन खड़गे मंगलवार के पटना पहुंचलन.

5. लालू यादव के साथे सिंगापुर जाई सेवक के टीम.

सिंगापुर लालू यादव के साथे उकंर सेवक के टीम भी जाई. लालू यादव के दल में करीब आधा दर्जन लोग शामिल बा.

6. सोनपुर मेला परिसर में बनी 20 स्विस कॉटेज.

बिहार राज्य पर्यटन विकास निगम के महाप्रबंधक हरेंद्र प्रसाद बतइलन कि पर्यटक के मेला में ठहराये के उत्तम व्यवस्था होई. रेंट में कवनो बदलाव नईखे कईल गईल.

7. पूर्णिया एसपी दया शंकर के सरकारी आवास पे छापेमारी.

बिहार के पूर्णिया में तैनात एसपी दयाशंकर के सरकारी आवास सहित तीन ठिकाना पे मंगलवार सुबह स्पेशल विजिलेंस यूनिट के टीम छापेमारी कईलस. पूर्णिया एसपी के ऊपर आय से अधिक संपत्ति के आरोप बा.

8. गंडक के बाढ़ से वैशाली में तिरहुत तटबंध में रिसाव.

वैशाली प्रखंड क्षेत्र में तिरहुत तटबंध पे गंडक नदी के पानी के रिसाव होखे लागल बा. तटबंध से महज चार फुट से पांच फुट नीचे पानी बह रहल बा.

9. पटना में वज्रपात के चपेट में आए से एक के मौत.

पटना से सटल मनेर में मंगलवार के देर रात भईल बारिश के दौरान वज्रपात के चपेट में आए से एक व्यक्ति के मौत हो गईल. जबकि लगभग डेढ़ दर्जन लोग घायल हो गयेलन.

10 . बिहार में अगला 48 घंटा खूब बरसी मानसून.

बिहार में मंगलवार से एक ट्रफ लाइन गुजरता. ऐकरा वजह से बिहार 11, 12 अक्तूबर से 14 अक्तूबर तक बिहार में बारिश होखे के खूब संभवना बा.

विज्ञापन
Prabhat Khabar Digital Desk

लेखक के बारे में

By Prabhat Khabar Digital Desk

यह प्रभात खबर का डिजिटल न्यूज डेस्क है। इसमें प्रभात खबर के डिजिटल टीम के साथियों की रूटीन खबरें प्रकाशित होती हैं।

Prabhat Khabar App :

देश, एजुकेशन, मनोरंजन, बिजनेस अपडेट, धर्म, क्रिकेट, राशिफल की ताजा खबरें पढ़ें यहां. रोजाना की ब्रेकिंग हिंदी न्यूज और लाइव न्यूज कवरेज के लिए डाउनलोड करिए

Download from Google PlayDownload from App Store
विज्ञापन