ePaper

Bhojpuri News: आइ न हमर बिहार में, खुलेआम मिल रहल बा हथियार, रउवा के भी देब ढाई लाख में...

Updated at : 10 Jan 2023 5:37 PM (IST)
विज्ञापन
Bhojpuri News: आइ न हमर बिहार में, खुलेआम मिल रहल बा हथियार, रउवा के भी देब ढाई लाख में...

Bhojpuri News समस्तीपुर में अवैध हथियार के खरीद-बिक्री शुरू हो गईल बा. खरीद बिक्री के एगो वीडियो सोशल मीडिया पर बड़ी तेजी से वायरल हो रहल बा. इ वीडियो समस्तीपुर में मोहिउद्दीननगर के दियारा इलाका के बतावल जात बा.

विज्ञापन

Bhojpuri News बिहार के समस्तीपुर से एगो बड़का खबर सामने आइल बा.समस्तीपुर में अवैध हथियार के खरीद-बिक्री शुरू हो गईल बा. खरीद बिक्री के इ वीडियो सोशल मीडिया पर बड़ी तेजी से वायरल हो रहल बा. इ वीडियो मोहिउद्दीननगर के दियारा इलाका के बतावल जात बा.जेवन सूचना मिलत बा कि मस्कट राइफल (Musket Rifle )2.5 लाख अउरी देशी राइफल (Rifle) एक लाख दस हजार रुपया में मिलत बा. इ वीडियो के वायरल होखला के बाद स्थानीय थाना के पुलिस तीन लोग के खिलाफ मामला दर्ज कर के जांच करततिया. वायरल वीडियो में दिखत बा कि एगो आदमी मोबाइल के रौशनी में बातचीत करत बाड़ें. वीडियो दियारा इलाका के गंगा नदी के किनारे के बतावल जात बा.

हथियार बेचे वाला बतावत बा कि सरकारी मास्क में सात गोली लगातार एक के बाद एक फायरिंग कइल जा सकेला.एगो अउरी देशी राइफल के बारे में भी उ बतावत बा. उ कहत बा कि सरकारी मास्क के दाम ढाई लाख रुपिया अउरी देशी राइफल के दाम एक लाख दस हजार पर राखल गइल बा. रउवा बता दी कि अवैध हथियार के कारोबार अउरी राइफल लहरावे के वीडियो जे बा विशनपुर बेदी गांव के बा. पुलिस महल मामला के जांच करे विशनपुर बेदी टोला के मटियोर पहुंच गइल. त महल चौकीदार सियालाल पासवान अउरी गांव के लोग साफ क देले कि अवैध हथियार के कारोबार अउरी राइफल लहरावे में शामिल आदमी त्रिवेणी सिंह के बेटा सूरज कुमार,दिनेश राय के बेटा श्रवण कुमार अउरी उ खुद रहले.

पवित्र राय के बेटा विजय कुमार भी वीडियो में दिखत बाड़े. पुलिस के अधिकारी बतइलन कि इ सब लोग दियारा इलाका में अवैध हथियार के कारोबार में लागल बाड़े.ए संबंध में थाना प्रमुख कहले कि इ सब सूचना पुलिस के सभी वरिष्ठ अधिकारी के दे देवल गईल बा और अपराधी के गिरफ्तारी खातीर छापेमारी शुरु हो गई बा.

https://www.youtube.com/watch?v=y8S83h7DcFs

विज्ञापन
Prabhat Khabar Digital Desk

लेखक के बारे में

By Prabhat Khabar Digital Desk

यह प्रभात खबर का डिजिटल न्यूज डेस्क है। इसमें प्रभात खबर के डिजिटल टीम के साथियों की रूटीन खबरें प्रकाशित होती हैं।

Prabhat Khabar App :

देश, एजुकेशन, मनोरंजन, बिजनेस अपडेट, धर्म, क्रिकेट, राशिफल की ताजा खबरें पढ़ें यहां. रोजाना की ब्रेकिंग हिंदी न्यूज और लाइव न्यूज कवरेज के लिए डाउनलोड करिए

Download from Google PlayDownload from App Store
विज्ञापन