Bhojpuri News Bulletin: भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के बड़हन खबर, जानी आपन प्रदेश अउर शहर के हाल

Bhojpuri News बिहार में सियासी हलचल से लेकर अपराध और शिक्षा से जुड़ी हर तरह की घटनाओं की खबर देखे भोजपुरी में. साथ ही ताजा खबरों से अपडेट रहने के लिए prabhatkhbar.com पर बने रहें.
https://www.youtube.com/watch?v=1292DNOglhA
Bhojpuri News Bulletin में बिहार के 10 बड़ी खबर भोजपुरी में मिलेगा. प्रदेश के दिन भर की राजनीतिक घटना, क्राइम, खेल, मनोरंजन और रोजगार से संबंधित सभी बड़ी खबर यहां देखें.
1. Nitish Kumar कैबिनेट बैठक में लेलन कई महत्वपूर्ण फैसला.
Nitish Kumar के अध्यक्षता में आयोजित कैबिनेट बैठक में कई योजना पे मुहर लागल. 12 जिला में ओबीसी+2 कन्या उच्च विद्यालय खोले जाए के घोषणा भईल.
2. लालू अउर तेजस्वी के जगदानंद सिंह पे ही भरोसा.
राजद प्रदेश अध्यक्ष के रूप में जगदानंद सिंह के दुबारा चुनल गईल बा. ऐकरा पहिले 2019 में भी अध्यक्ष पद संभाले रहलन.
3. अमित शाह के आये से पहिले गिरिराज सिंह देलन बयान.
केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह के बिहार आये से पहिले केंद्रीय मंत्री और भाजपा के फायर ब्रांड नेता गिरिराज सिंह पूर्णिया में कहलन कि जदयू अउर राजद के सरकार में भारत के गजवा ए हिंद बनाये के साजिश चल रहल बा.
4. बिहार नगर निकाय चुनाव में ओबीसी आरक्षण पे पेंच फंस सकेला.
सुप्रीम कोर्ट स्थानीय निकाय में ओबीसी के आरक्षण के लागू करे खातिर बिहार सरकार के निर्देश देवे के अनुरोध वाला याचिका पे पटना हाइकोर्ट से शीघ्र सुनवाई करे के कहलस.
5. INTERPOL के मदद से साइबर अपराधी के पकड़ी बिहार पुलिस.
पटना में पकड़ल अंतरराष्ट्रीय साइबर फ्रॉड गिरोह मामला के जांच में बिहार पुलिस इंटरपोल के मदद ली. एडीजीपी मुख्यालय जितेंद्र सिंह गंगवार प्रेस कान्फेंस में ऐकर जानकारी देलन.
6. BPSC के 67वी प्री-एग्जाम एडमिट कार्ड आज जारी.
बिहार लोक सेवा आयोग, बीपीएससी 67 वीं सीसीई पुन: परीक्षा खातिर प्रवेश पत्र आज 20 सितंबर के जारी होई.
7. बिहार में रजिस्ट्री करायेल अब भइल आसान.
बिहार के लोग खातिर रजिस्ट्री कार्यालय आये जाये में सुविधा खातिर वाहन सेवा (रजिस्ट्री शटल) के सोमवार से मधुबनी छोड़ सब जिला में शुरुआत कर दिहल गईल बा.
8. बिहार के हाइवे पे अब लागी स्पीड रडार गन.
बिहार पुलिस स्पीड रडार गन के शुरुआत राज्य से गुजर रहल पांच राष्ट्रीय राजमार्ग पे लगाके करी. सब प्रमुख मार्ग पे स्पीड गन स्थापित करे के योजना बा.
9. पटना के यारपुर में अयोध्या राम मंदिर के तर्ज पे बनी पंडाल
राजधानी पटना के यारपुर स्थित शिव मंदिर के पास मां दुर्गा के प्रतिमा स्थापित कईल जाता. ऐ बार अयोध्या राम मंदिर के प्रारूप में पंडाल तैयार कईल जाता.
10. बिहार के कई जिला में वज्रपात से 18 लोग के मौत.
बिहार में मौसम बदले से गर्मी से त राहत मिल गईल बा. लेकिन पिछला दु दिन मे राज्य में ठनका से 18 लोग के मौत हो गईल बा.
प्रभात खबर डिजिटल टॉप स्टोरी
लेखक के बारे में
By Prabhat Khabar Digital Desk
यह प्रभात खबर का डिजिटल न्यूज डेस्क है। इसमें प्रभात खबर के डिजिटल टीम के साथियों की रूटीन खबरें प्रकाशित होती हैं।
Prabhat Khabar App :
देश, एजुकेशन, मनोरंजन, बिजनेस अपडेट, धर्म, क्रिकेट, राशिफल की ताजा खबरें पढ़ें यहां. रोजाना की ब्रेकिंग हिंदी न्यूज और लाइव न्यूज कवरेज के लिए डाउनलोड करिए