13.1 C
Ranchi

लेटेस्ट वीडियो

Bhojpuri News Bulletin: भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के बड़हन खबर, जानी आपन प्रदेश अउर शहर के हाल

Bhojpuri News बिहार में सियासी हलचल से लेके अपराध अउर शिक्षा से जुड़ल हर तरह के घटना के खबर भोजपुरी में देंखी . साथे ताजा खबर से अपडेट रहे खातिर prabhatkhbar.com पर बनल रहीं.

Bhojpuri News Bulletin में बिहार के 10 बड़ खबर भोजपुरी में मिली. प्रदेश के दिन भर के राजनीतिक घटना, क्राइम, खेल, मनोरंजन और रोजगार से संबंधित सब बड़ खबर इहां देखीं.

1. अमित शाह के रैली से ठीक पहिले पूर्णिया में NIA के रेड.

गृह मंत्री अमित शाह के बिहार दौरा से ठीक एक दिन पहिले पूर्णिया में एनआइए छापा मारले बा. पीएफआई के ठिकाना पे रेड मारलस.

2. लालू यादव के विदेश जाये पे आज फैसला हो सकेला.

पटना के अदालत से अनुमति मिले के बाद लालू यादव के विदेश जाके इलाज कराये के रास्ता साफ हो जाई. लालू यादव के इलाज खातिर सिंगापुर जाए के बा.

3. ‘पहले गठबंधन होई फेर प्रधानमंत्री उम्मीदवार पे चर्चा’

सीपीएम महासचिव सीताराम येचुरी कहलन कि अगला लोकसभा चुनाव विपक्ष एक साथे मिलके लड़ी. पहले गठबंधन होई फेर प्रधानमंत्री उम्मीदवार पे चर्चा होई.

4. अमित शाह के दौरा पे रविशंकर प्रसाद के बयान.

बिहार के सीमांचल में काल केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह पहुंचीयेन. ऐकरा लेके पूर्व केंद्रीय कानून मंत्री रविशंकर प्रसाद कहलन कि महागठबंधन के नेता सबमें ऐकरा लेके हलचल काहे मचल बा.

5. बिहार में बनी नया ईको टूरिज्म स्पॉट.

बिहार में नया ईको टूरिज्म स्पॉट बनी. विभागीय समीक्षा बैठक में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार वन एंव पर्यावरण मंत्री तेज प्रताप यादव के इ नया टास्क देलन.

6. PMCH के जूनियर डॉक्टर अचानक हड़ताल पे.

पीएमसीएच के जूनियर डॉक्टर अचानक हड़ताल पे चल गईल लोग. मेडिकल के छात्र सबके साथे मारपीट के खिलाफ पीएमसीएच के जूनियर डॉक्टर ओपीडी में इलाज बंद कर देले बा लोग.

7. बिहार में सरकारी कर्मी सबके इ माह के 26 के ही मिली वेतन.

राज्य सरकार प्रदेश के चार लाख से अधिक राज्यकर्मी सबके इ बार दशहरा अऊर अन्य पर्व के देखते हुए 26 सितंबर से ही वेतन के भुगतान शुरू कर दी.

8. पूर्णिया में गृहमंत्री के कार्यक्रम के लेके सुरक्षा सख्त.

पूर्णिया में गृहमंत्री के कार्यक्रम के लेके सुरक्षा सख्त कर दिहल गईल बा. IB अऊर स्पेशल ब्रांच के पूरा सीमांचल पे पैनी नजर बा.

9. पटना जिला में ढाई गुना बढ़ल डेंगू मरीज के संख्या.

पटना जिला में बीतल 10 दिन के अंदर डेंगू के मामला बढ़ के ढाई गुना से अधिक हो गईल बा. सिविल सर्जन कार्यालय के अनुसार 21 सितंबर तक 493 मरीज मिलल बा.

10. बिहार में ठनका के चेतावनी.

बिहार में बारिश के दौर जारी रही अगिला 48 घंटा के दौरान भारी बारिश के आशंका बा. मौसम विभाग ठनका के लेके भी चेतावनी जारी कईले बा.

Prabhat Khabar Digital Desk
Prabhat Khabar Digital Desk
यह प्रभात खबर का डिजिटल न्यूज डेस्क है। इसमें प्रभात खबर के डिजिटल टीम के साथियों की रूटीन खबरें प्रकाशित होती हैं।

Prabhat Khabar App :

देश, एजुकेशन, मनोरंजन, बिजनेस अपडेट, धर्म, क्रिकेट, राशिफल की ताजा खबरें पढ़ें यहां. रोजाना की ब्रेकिंग हिंदी न्यूज और लाइव न्यूज कवरेज के लिए डाउनलोड करिए

संबंधित ख़बरें

Trending News

जरूर पढ़ें

वायरल खबरें

ऐप पर पढें
होम आप का शहर
News Snap News Reel