Bhojpuri News Bulletin: भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के बड़हन खबर, जानी आपन प्रदेश अउर शहर के हाल

Updated at : 05 Oct 2022 7:07 PM (IST)
विज्ञापन
Bhojpuri News Bulletin: भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के बड़हन खबर, जानी आपन प्रदेश अउर शहर के हाल

Bhojpuri News बिहार में सियासी हलचल से लेके अपराध अउर शिक्षा से जुड़ल हर तरह के घटना के खबर भोजपुरी में देंखी . साथे ताजा खबर से अपडेट रहे खातिर prabhatkhbar.com पर बनल रहीं.

विज्ञापन

https://www.youtube.com/watch?v=M2L4NKFlJR0

1. निकाय चुनाव मामला के लेके अब सुप्रीम कोर्ट में बिहार सरकार.

पटना हाईकोर्ट बिहार नगर निकाय चुनाव पे रोक लगा देले बा. इ फैसला के चुनौती देवे खातिर बिहार सरकार अब सुप्रीम कोर्ट जाता.

2. हाईकोर्ट के फैसला पे तेजस्वी यादव के बयान.

डिप्टी सीएम तेजस्वी यादव कहलन कि भाजपा के पास इ विभाग रहे. शुरू से ही बीजेपी के लोग आरक्षण विरोधी बा.

3. ‘सुप्रीम कोर्ट के फैसला से उम्मीद- वित्त मंत्री विजय चौधरी

नगर निकाय चुनाव मामला के लेके वित्त मंत्री विजय चौधरी कहलन कि हाईकोर्ट के फैसला पे सरकार सुप्रीम कोर्ट में चुनौती दी. सुप्रीम कोर्ट के फैसला सरकार के पक्ष में आए के उम्मीद बा.

4. बिहार निकाय चुनाव पे सम्राट चौधरी के सरकार के सुझाव.

बिहार में नगर निकाय चुनाव पे रोक लागे के बाद अब सूबे में सियासी घमासान मच गईल बा. भाजपा नेता सम्राट चौधरी कहलन कि उच्च न्यायालय के फैसला के विरोध में सर्वोच्च न्यायालय जाए से पहिले सरकार विधानसभा सत्र बुलावे.

5. लालू यादव के लेके सुधाकर सिंह के बड़ खुलासा.

सुधाकर सिंह कहलन कि राजद सुप्रीमो लालू यादव के कहे पे हम मंत्री बनल रही. अब उ इस्तीफा देवे के कहलन त इस्तीफा हम दे देनी.

6. अरवल में समोसा अउर जलेबी खाए से 2 मौत, 26 बीमार

दुर्गा पूजा के मेला में समोसा अऊर जलेबी खाए से अरवल में दु लोग के मौत अउर 26 लोग बीमार हो गईल.

7. बिहार में अब जमीन विवाद पे कार्रवाई होई सार्वजनिक.

जमीन के विवाद के खत्म करे खातिर अंचलाधिकारी अउर थानेदार कब- कब का- का कदम उठइले बा लोग ऐकर जानकारी पोर्टल (भू-समाधान पोर्टल) पे मिली.

8. पटना में भईल रावण वध कार्यक्रम.

आज विजय दशमी ह. इ अवसर पे पटना के गांधी मैदान में दु साल बाद रावण वध समारोह के आयोजन भईल. ऐमें सीएम नीतीश कुमार, डिप्टी सीएम तेजस्वी यादव सहित कई मंत्री शामिल भईल लोग.

9. पटना में सुहाग के रक्षा खातिर महिला सब खेलली लोग सिंदूर होली.

बिहार के राजधानी पटना में धूमधाम से विजयादशमी मनावल गईल. ऐ दौरान महिला सब जमके सिंदूर होली खेलली लोग साथ ही मां के विदाई भईल.

10. बिहार में भारी बारिश के चेतावनी

बारिश के लेके मौसम विभाग येलो अलर्ट जारी कईले बा. बिहार के 12 जिला में बुधवार के वज्रपात के साथे बरसात के आसार बा.

विज्ञापन
Prabhat Khabar Digital Desk

लेखक के बारे में

By Prabhat Khabar Digital Desk

यह प्रभात खबर का डिजिटल न्यूज डेस्क है। इसमें प्रभात खबर के डिजिटल टीम के साथियों की रूटीन खबरें प्रकाशित होती हैं।

Prabhat Khabar App :

देश, एजुकेशन, मनोरंजन, बिजनेस अपडेट, धर्म, क्रिकेट, राशिफल की ताजा खबरें पढ़ें यहां. रोजाना की ब्रेकिंग हिंदी न्यूज और लाइव न्यूज कवरेज के लिए डाउनलोड करिए

Download from Google PlayDownload from App Store
विज्ञापन