Bhojpuri News Bulletin: भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के बड़हन खबर, जानी आपन प्रदेश अउर शहर के हाल

Published at :27 Sep 2022 7:52 PM (IST)
विज्ञापन
Bhojpuri News Bulletin: भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के बड़हन खबर, जानी आपन प्रदेश अउर शहर के हाल

Bhojpuri News बिहार में सियासी हलचल से लेके अपराध अउर शिक्षा से जुड़ल हर तरह के घटना के खबर भोजपुरी में देंखी . साथे ताजा खबर से अपडेट रहे खातिर prabhatkhbar.com पर बनल रहीं.

विज्ञापन

https://youtu.be/IwTIAE6pQSs

Bhojpuri News Bulletin में बिहार के 10 बड़ खबर भोजपुरी में मिली. प्रदेश के दिन भर के राजनीतिक घटना, क्राइम, खेल, मनोरंजन और रोजगार से संबंधित सब बड़ खबर इहां देखीं.

1. Nitish Kumar कैबिनेट बैठक में 20 लाख रोजगार पर लागल मुहर.

Nitish Kumar के अध्यक्षता में आयोजित बिहार कैबिनेट के बैठक में 20 लाख युवा के रोजगार देवे पर फैसला भईल.

2. गृह मंत्री अमित शाह के प्रभात खबर से स्पेशल बातचीत.

गृह मंत्री अमित शाह प्रभात खबर से बातचीत में कहलन कि हमनी के त सबके सामने लड़के जीत के आईल बानी सन. अब 2024 में भी जीतके आऐंमसन.

3. जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष ललन सिंह निकलन पटना में मार्च.

पटना में जदयू के ओर से जागरूकता अउर सतर्कता मार्च निकालल गईल. ऐ दौरान ललन सिंह कहलन कि हमनी के जनता के बीजेपी से सावधान करत बानी सन.

4. Bihar में 6 IPS अधिकारी के तबादला.

Bihar में 6 IPS अधिकारी के तबादला हो गईल. मंगलवार के दोपहर आईपीएस अधिकारी खातिर अधिसूचना जारी कईल गईल.

5. सातवां चरण के शिक्षक नियुक्ति होई सेंट्रलाइज्ड.

शिक्षक नियुक्ति के सातवां चरण में अभ्यर्थी सबके आवेदन से लेके नियुक्ति तक के समूचा प्रक्रिया ऑनलाइन रही. ऐमें नियोजन इकाई के हस्तक्षेप न के बराबर रही.

6. बिहार में AI के मदद से होई पुलिसकर्मी सबके निगरानी.

एडीजीपी जितेंद्र सिंह गंगवार कहलन कि पुलिस मुख्यालय आंतरिक निगरानी के बढ़ावा के तैयारी कर लेल बा. पुलिसकर्मी सबपे आर्टिफिशियल इंटेलीजेंस के जरिये नजर रखल जाई.

7. PMCH Strike के पांच दिन बाद खुलल ओपीडी.

पांच दिन के हड़ताल के बाद मंगलवार के शहर के पीएमसीएच अस्पताल के ओपीडी रजिस्ट्रेशन काउंटर के ताला खुल गईल. ऐकरा बाद मरीज के भीड़ लाग गईल.

8. गया में एक करोड़ की पैंगोलिन के खाल बरामद.

कोलकाता के वन जीव अपराध शाखा के टीम अउर एसएसबी कंपनी जीटी रोड मायापुर से भारी मात्रा में वन प्राणी पैंगोलिन के खाल बरामद कईलस. साथे दु तस्कर के भी गिरफ्तार कईलस.

9. ठनका के चपेट में आये से दु भाई सहित 6 लोग के मौत.

मौसम बदले से ठनका के चपेट में आये से बेगूसराय-खगड़िया में दु-दु अऊर जमुई -बांका में एक-एक के मौत हो गईल.

10. Durga Puja के लेके हर तरफ भक्तिमय माहौल भईल.

शारदीय नवरात्र शुरू होत ही लोग मां के भक्ति में डूब गईल बा. भक्त आज दुसर दिन ब्रह्मचारिणी के पूजा-अर्चना भईल.

विज्ञापन
Prabhat Khabar Digital Desk

लेखक के बारे में

By Prabhat Khabar Digital Desk

यह प्रभात खबर का डिजिटल न्यूज डेस्क है। इसमें प्रभात खबर के डिजिटल टीम के साथियों की रूटीन खबरें प्रकाशित होती हैं।

Prabhat Khabar App :

देश, एजुकेशन, मनोरंजन, बिजनेस अपडेट, धर्म, क्रिकेट, राशिफल की ताजा खबरें पढ़ें यहां. रोजाना की ब्रेकिंग हिंदी न्यूज और लाइव न्यूज कवरेज के लिए डाउनलोड करिए

Download from Google PlayDownload from App Store
विज्ञापन