Bhojpuri News Bulletin: भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के बड़हन खबर, जानी आपन प्रदेश अउर शहर के हाल

Updated at : 08 Oct 2022 6:27 PM (IST)
विज्ञापन
Bhojpuri News Bulletin: भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के बड़हन खबर, जानी आपन प्रदेश अउर शहर के हाल

Bhojpuri News बिहार में सियासी हलचल से लेके अपराध अउर शिक्षा से जुड़ल हर तरह के घटना के खबर भोजपुरी में देंखी . साथे ताजा खबर से अपडेट रहे खातिर prabhatkhbar.com पर बनल रहीं.

विज्ञापन

https://youtu.be/rP7m3YrMiyg

1. सीएम नीतीश कुमार निकाय चुनाव के लेके बयान देलन.

सीएम नीतीश कुमार कहलन कि चुनाव पे बीजेपी के आरोप बेबुनियाद बा. बतइलन कि सीट के आरक्षित करे के सुझाव निर्वाचन आयोग के भेजल गईल रहे. उ अवैध ना रहे.

2. ‘JDU के विलय कांग्रेस में करावे के चाहत रहलन प्रशांत किशोर’

सीएम नीतीश कुमार प्रशांत किशोर के ऊपर हमला बोलेलन. कहलन कि प्रशांत किशोर उकंरा के कांग्रेस में जदयू के विलय करावे के सलाह देले रहलन.

3. JDU अध्यक्ष ललन सिंह अमित शाह के बिहार दौरा पे बयान देलन.

JDU के राष्ट्रीय अध्यक्ष ललन सिंह नगर निकाय चुनाव के लेके शुक्रवार के कहलन कि अतिपिछड़ा वर्ग खातिर मुख्यमंत्री नीतीश कुमार जेतना काम कईले बाड़न. बीजेपी सोच भी ना सकेला.

4. लालू यादव परिवार सहित 16 के खिलाफ CBI चार्जशीट दाखिल कईले बा.

जमीन के बदले नौकरी मामला में CBI लालू यादव परिवार सहित 16 के खिलाफ चार्जशीट दाखिल कईले बा.

5. सीएम नीतीश कुमार लालू यादव के बचाव कईलन.

सीएम नीतीश कुमार जमीन के बदले नौकरी मामला में फंसल लालू यादव के पक्ष में बयान देलन. कहलन कि इ बीजेपी के साजिश ह.

6. पटना में डेंगू के 148 नया मरीज मिलल बा.

पटना में 148 नया डेंगू के मरीज मिलल बा. इ आंकड़ा के साथे अभी पटना में 1702 मरीज हो गईल.

7. बिहार नगरपालिका चुनाव के लेके आयोग मंथन करता.

पटना हाइकोर्ट नगरपालिका चुनाव पे रोक लगा देले बा. अब आयोग ओबीसी सीट पे अपनाये जाए वाला चुनावी प्रक्रिया पे मंथन कर रहल बा.

8. सुधा दूध अक्टूबर से तीन रुपया तक महंगा हो जाई.

बिहार में सुधा दूध आपन प्रोडक्ट के दाम तीन रुपया तक बढ़ा देले बा. बढ़ल दाम 11 अक्टूबर से लागू हो जाई.

9. VTR के बगहा में आदमखोर बाघ मारल गईल.

पश्चिम चंपारण जिला के बगहा में आदमखोर बाघ मारल गईल. पुलिस के सात घंटा के ऑपरेशन के बाद आदमखोर बाघ के मार गिरावल गईल बा.

10. सीएम नीतीश कुमार लोकनायक जेपी के पुण्यतिथि पे श्रद्धांजलि देलन.

आज लोकनायक जयप्रकाश नारायण के पुण्यतिथि ह, इ मौका पे सीएम नीतीश कुमार उकंर गांव सिताब दियारा गइलन. साथे डिप्टी सीएम तेजस्वी यादव भी मौजूद रहलन.

विज्ञापन
Prabhat Khabar Digital Desk

लेखक के बारे में

By Prabhat Khabar Digital Desk

यह प्रभात खबर का डिजिटल न्यूज डेस्क है। इसमें प्रभात खबर के डिजिटल टीम के साथियों की रूटीन खबरें प्रकाशित होती हैं।

Prabhat Khabar App :

देश, एजुकेशन, मनोरंजन, बिजनेस अपडेट, धर्म, क्रिकेट, राशिफल की ताजा खबरें पढ़ें यहां. रोजाना की ब्रेकिंग हिंदी न्यूज और लाइव न्यूज कवरेज के लिए डाउनलोड करिए

Download from Google PlayDownload from App Store
विज्ञापन