ePaper

Bhojpuri News Bulletin: भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के बड़हन खबर, जानी आपन प्रदेश अउर शहर के हाल

Updated at : 18 Sep 2022 7:03 PM (IST)
विज्ञापन
Bhojpuri News Bulletin: भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के बड़हन खबर, जानी आपन प्रदेश अउर शहर के हाल

Bhojpuri News बिहार में सियासी हलचल से लेकर अपराध और शिक्षा से जुड़ी हर तरह की घटनाओं की खबर देखे भोजपुरी में. साथ ही ताजा खबरों से अपडेट रहने के लिए prabhatkhbar.com पर बने रहें.

विज्ञापन

https://youtu.be/RX5Xpr9y61c

Bhojpuri News Bulletin में बिहार के 10 बड़ी खबर भोजपुरी में मिलेगा. प्रदेश के दिन भर की राजनीतिक घटना, क्राइम, खेल, मनोरंजन और रोजगार से संबंधित सभी बड़ी खबर यहां देखें.

1. JDU यूपी के फूलपुर सहित 2 लोकसभा सीट पर चुनाव लड़ सकेला.

JDU के राष्ट्रीय अध्यक्ष ललल सिंह कहलन कि JDU यूपी के फूलपुर, अम्बेडकरनगर अउर मिर्जापूर लोकसभा सीट पे चुनाव लड़े के ऑफर आईल बा

2. प्रशांत किशोर प्रकरण पे ललन सिंह कयेलन खुलासा.

जेडीयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष ललन सिंह कहलन कि प्रशांत किशोर दु शर्त के ना मानलेन. ऐसे दुबारा जेडीयू में एंट्री पे विचार नइखे होत.

3. राजद के बैठक से गुस्से में बाहर निकलन श्याम रजक.

राजद के बैठक के दौरान शनिवार के पार्टी के राष्ट्रीय महासचिव श्याम रजक गुस्से में बाहर निकलन. नाराज श्याम रजक कहलन कि अब ऐकर फैसला पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष लालू यादव ही करीयन.

4. पटना में लालू यादव से मिलेलन अभिनेता मनोज बाजपेयी.

पटना में पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी आवास पे पहुंचके लालू यादव से मनोज बाजपेयी मुलाकात कयेलन. अभिनेता मनोज बाजपेयी राजद सुप्रीमो लालू यादव से स्वास्थ्य के जानकारी लेलन.

5. केंद्रीय मंत्री स्मृति ईरानी आज पटना पहुंचली.

केंद्रीय मंत्री स्मृति ईरानी आज पहुंचली. स्मृति ईरानी आज प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी पर लिखल किताब के विमोचन समारोह में पहुंचल रहली.

6. पितृपक्ष मेला में पिंडदानी से SSP अउर मंत्री सर्वजीत फीडबैक लीहल लोग

गया के एसएसपी हरप्रीत कौर आपन गाड़ी छोड़के सड़क पे पिंडदान करे आयेल लोग के सामने हाथ जोड़के व्यवस्था के फीडबैक लेली. साथे पर्यटन मंत्री सर्वजीत भी लोग से फीडबैक लेलन.

7. पुलिस हिरासत में मौत के बाद कटिहार में बवाल.

कथित तौर पे कटिहार में हिरासत में एक व्यक्ति के मौत हो गयेल. ऐकरा बाद गुस्सायेल लोग पुलिस थाना में जमके हंगामा कइलस.

8. पटना के जगदेव पथ पे जगमोहन पैलेस के तर्ज पे बनता पंडाल.

पटना के जगदेव पथ पे कर्नाटक के जगमोहन पैलेस के तर्ज पे पंडाल बनता. ऐकरा बनाए खातिर झारखंड से कारीगर आईल बा लोग.

9. बाढ़ में ठनका के चपेट में आये से 1 के मौत.

पटना स्थित बाढ़ में ठनका गिरे से एक व्यक्ति के मौत हो गईल. उहे दु लोग बुरी तरह से झुलस गयेलन.

10. बिहार में भारी बारिश के साथे वज्रपात के चेतावनी.

मौसम विज्ञान विभाग रविवार के राज्य के कई जिला में बारिश के साथे वज्रपात के अलर्ट जारी कईले बा. आज प्रदेश में बारिश होखे के पूरा संभावना बा.

विज्ञापन
Prabhat Khabar Digital Desk

लेखक के बारे में

By Prabhat Khabar Digital Desk

यह प्रभात खबर का डिजिटल न्यूज डेस्क है। इसमें प्रभात खबर के डिजिटल टीम के साथियों की रूटीन खबरें प्रकाशित होती हैं।

Prabhat Khabar App :

देश, एजुकेशन, मनोरंजन, बिजनेस अपडेट, धर्म, क्रिकेट, राशिफल की ताजा खबरें पढ़ें यहां. रोजाना की ब्रेकिंग हिंदी न्यूज और लाइव न्यूज कवरेज के लिए डाउनलोड करिए

Download from Google PlayDownload from App Store
विज्ञापन