Bhojpuri News Bulletin: भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के बड़हन खबर, जानी आपन प्रदेश अउर शहर के हाल

Updated at : 24 Sep 2022 6:43 PM (IST)
विज्ञापन
Bhojpuri News Bulletin: भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के बड़हन खबर, जानी आपन प्रदेश अउर शहर के हाल

Bhojpuri News बिहार में सियासी हलचल से लेके अपराध अउर शिक्षा से जुड़ल हर तरह के घटना के खबर भोजपुरी में देंखी . साथे ताजा खबर से अपडेट रहे खातिर prabhatkhbar.com पर बनल रहीं.

विज्ञापन

https://www.youtube.com/watch?v=pF4SwN19SUI

Bhojpuri News Bulletin में बिहार के 10 बड़ खबर भोजपुरी में मिली. प्रदेश के दिन भर के राजनीतिक घटना, क्राइम, खेल, मनोरंजन और रोजगार से संबंधित सब बड़ खबर इहां देखीं.

1. केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह दु दिवसीय दौरा पे सीमांचल पहुंचल रहलन.

आज शनिवार के गृह मंत्री अमित शाह किशनगंज पहुंचलन. अमित शाह किशनगंज में सीमा चौकी के उद्घाटन अऊर बैठक कइलन.

2. देश पूरा तरह सुरक्षित- गृह मंत्री अमित शाह

गृह मंत्री अमित शाह आपन संबोधन में कहलन कि देश पूरा तरह से सुरक्षित बा. अमित शाह ऐ दौरान SSB के जवानसब के हौसला बढ़येलन अउर काफी तारीफ भी कयेलन.

3. किशनगंज के मंदिर बूढ़ी काली मंदिर में अमित शाह पूजा कयेलन.

केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह किशनगंज के प्रसिद्ध व प्राचीन बूढ़ी काली मंदिर पहुंचलन. शनिवार के उ बूढ़ी काली मंदिर में पूजा-अर्चना कयेलन.

4. आज दिल्ली लौट जइयेन अमित शाह.

केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह आज शनिवार के बिहार से दिल्ली वापस लौट जइयेन. शाम 5 बजे के करीब उकंर हेलिकॉप्टर उड़ान भरी.

5. Lalu Yadav दिल्ली खातिर भयेलन रवाना.

Lalu Yadav आज सुबह दिल्ली खातिर रवाना भयेलन. उहां कांग्रेस अध्यक्ष सोनिया गांधी से मुलाकात करियेन. ऐकरा बाद सिंगापुर इलाज खातिर जाइयेन.

6. Narendra Modi पे बिहार में हमला के साजिश रचले रहे PFI

Narendra Modi पे पटना में एक बार फिर से हमला के साजिश PFI रचले रहे. ऐकरा खुलासा ED कइले बा.

7. बिहार के गोपालगंज में बनी मेडिकल कॉलेज- तेजस्वी यादव

गोपालगंज जिला में मेडिकल कॉलेज खोलल जाई. ऐकर घोषणा आज डिप्टी सीएम तेजस्वी यादव कयेलन.

8. खगड़िया में बागमती के कटाव जारी.

खगड़िया के अग्रहन गांव में बागमती के भीषण कटाव से ग्रामीण सहमल बा लोग. कटाव के वजह से सरकारी स्कूल के अस्तित्व खतरा में बा.

9. बिहार से अगला महीना से चली दर्शन पर्यटक ट्रेन.

बिहार के लोग के अगला महीना से तीर्थ खातिर 10 अक्तूबर के दरभंगा से श्रद्धालु दर्शन पर्यटक ट्रेन खुली. ऐकर पूरा इंतजाम आइआरसीटीसी करी.

10. बिहार में अगला 48 घंटा अच्छा बारिश के आसार.

Bihar में अगला 48 घंटा में अच्छा बारिश के आसार बा. IMD पटना के प्रदेश के अधिकतर क्षेत्र में ठनका अउर मेघ गर्जन के अलर्ट जारी कईले बा.

विज्ञापन
Prabhat Khabar Digital Desk

लेखक के बारे में

By Prabhat Khabar Digital Desk

यह प्रभात खबर का डिजिटल न्यूज डेस्क है। इसमें प्रभात खबर के डिजिटल टीम के साथियों की रूटीन खबरें प्रकाशित होती हैं।

Prabhat Khabar App :

देश, एजुकेशन, मनोरंजन, बिजनेस अपडेट, धर्म, क्रिकेट, राशिफल की ताजा खबरें पढ़ें यहां. रोजाना की ब्रेकिंग हिंदी न्यूज और लाइव न्यूज कवरेज के लिए डाउनलोड करिए

Download from Google PlayDownload from App Store
विज्ञापन