Bhojpuri News Bulletin: भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के बड़हन खबर, जानी आपन प्रदेश अउर शहर के हाल

Published at :25 Sep 2022 6:32 PM (IST)
विज्ञापन
Bhojpuri News Bulletin: भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के बड़हन खबर, जानी आपन प्रदेश अउर शहर के हाल

Bhojpuri News बिहार में सियासी हलचल से लेके अपराध अउर शिक्षा से जुड़ल हर तरह के घटना के खबर भोजपुरी में देंखी . साथे ताजा खबर से अपडेट रहे खातिर prabhatkhbar.com पर बनल रहीं.

विज्ञापन

https://youtu.be/HAfvY7mtZjo

Bhojpuri News Bulletin में बिहार के 10 बड़ खबर भोजपुरी में मिली. प्रदेश के दिन भर के राजनीतिक घटना, क्राइम, खेल, मनोरंजन और रोजगार से संबंधित सब बड़ खबर इहां देखीं.

1. Lalu Yadav के साथे सोनिया गांधी से मिलीयेन नीतीश कुमार.

मुख्‍यमंत्री नीतीश कुमार अउर आरजेडी प्रमुख लालू यादव आज दुनों लोग कांग्रेस अध्यक्ष सोनिया गांधी मुलाकात करियन.

2. मिशन 2024: सीएम नीतीश कुमार पहुंचलन हरियाणा.

पूर्व प्रधानमंत्री चौधरी देवीलाल के 129वीं जयंती पे सीएम नीतीश कुमार अऊर डिप्टी सीएम तेजस्वी यादव हरियाणा पहुंचल लोग.

3. Tejashwi Yadav देवी लाल के जन्मदिन पे देलन बयान.

Tejashwi Yadav रविवार के देवी लाल के 109वीं जयंती पे BJP पे जमके हमला बोलेलन. कहलन कि बिहार के मुख्यमंत्री Nitish Kumar भाजपा पे अइसन हथौड़ा मारले बाड़न कि पार्टी कबो उठ ना पाई.

4. मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के दिल्ली दौरा पे बीजेपी के हमला.

पूर्व केन्द्रीय मंत्री रविशंकर प्रसाद नीतीश कुमार के दिल्ली दौरा पे चुटकी लेते कहलन कि देश में कहीं जाये पे केहू के पाबंदी नईखे.

5. बीजेपी लोकसभा चुनाव के बाद घोषित करी cm चेहरा – अमित शाह

केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह 2025 में बिहार विधानसभा चुनाव से पहिले भाजपा के मुख्यमंत्री उम्मीदवार घोषित करें के बात कहलन.

6. PMCH में जूनियर डॉक्टर के हड़ताल.

पीएमसीएच में जूनियर डॉक्टर का हड़ताल लगातार जारी बा. डॉक्टर सब आज शाम प्रिसिंपल ऑफिस से आरएसबी तक शांति मार्च निकाली लोग. .

7. बिहार नगरपालिका चुनाव में करीब 22 हजार प्रत्याशी उतरल बा लोग.

नगर पालिका चुनाव के मैदान में करीब 22 हजार प्रत्याशी रविवार से सिंबल के साथे प्रचार-प्रसार करी लोग. पहिला चरण में 156 नगरपालिका में चुनाव प्रचार रविवार से शुरू हो जाई.

8. पटना के 92 घाट अउर 55 तालाब पे छठ पूजा के होई तैयारी.

पटना में छठ पूजा के लेके गंगा घाट पे तैयारी शुरू कर दिहल गईल बा. ऐ साल छठ के लेके 92 घाट अऊर 55 तालाब घाट पे तैयारी कईल जाता.

9. कलश स्थापना के साथे काल से शारदीय नवरात्र शुरू.

शारदीय नवरात्र सोमवार से शुरू होता. काल कलश स्थापना होई. ऐकरा लेके आज बाजार में भीड़ बढ़ गईल बा.

10. बिहार में इ साल गंगा में ना होई दुर्गा प्रतिमा के विसर्जन.

दुर्गा पूजा के लेके पटना जिला प्रशासन बड़ फैसला लेले बा. ऐ बार दुर्गा पूजा के बाद मूर्ति के विसर्जन गंगा नदी में ना होई.

विज्ञापन
Prabhat Khabar Digital Desk

लेखक के बारे में

By Prabhat Khabar Digital Desk

यह प्रभात खबर का डिजिटल न्यूज डेस्क है। इसमें प्रभात खबर के डिजिटल टीम के साथियों की रूटीन खबरें प्रकाशित होती हैं।

Prabhat Khabar App :

देश, एजुकेशन, मनोरंजन, बिजनेस अपडेट, धर्म, क्रिकेट, राशिफल की ताजा खबरें पढ़ें यहां. रोजाना की ब्रेकिंग हिंदी न्यूज और लाइव न्यूज कवरेज के लिए डाउनलोड करिए

Download from Google PlayDownload from App Store
विज्ञापन