Bhojpuri News Bulletin: भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के बड़हन खबर, जानी आपन प्रदेश अउर शहर के हाल

Bhojpuri News बिहार में सियासी हलचल से लेके अपराध अउर शिक्षा से जुड़ल हर तरह के घटना के खबर भोजपुरी में देंखी . साथे ताजा खबर से अपडेट रहे खातिर prabhatkhbar.com पर बनल रहीं.

By Prabhat Khabar Print Desk | November 23, 2022 6:50 PM

Today Bhojpuri Bulletin: आज की ताजा खबरें भोजपुरी में, Top Bihar News in Bhojpuri | Prabhat Khabar

1. शिवसेना नेता आदित्य ठाकरे बिहार पहुंचलन.

शिवसेना नेता आदित्य ठाकरे पटना में डिप्टी सीएम तेजस्वी यादव से मुलाकात कइलन. ऐ दौरान दुनू के बीच विपक्ष एकता पर बातचीत भईल.

2. आदित्य ठाकरे के आगमन पे बीजेपी के हमला.

शिवसेना नेता आदित्य ठाकरे के बिहार आगमन के लेके सियासत गरमा गइल बा. बीजेपी नेता निखिल आनंद ट्वीट कर सुशांत सिंह राजपूत मामला के लेके राजद पर हमला बोलेलन.

3. ‘तेजस्वी यादव से भ्रष्टाचार के गुर सीखे आवत बाड़ेन आदित्य ठाकरे’

आदित्य ठाकरे के बिहार यात्रा पे बीजेपी से पूर्व मंत्री जीवेश मिश्रा कहलन कि तेजस्वी यादव से मिलके भ्रष्टाचार के गुर सीखे खातिर आदित्य ठाकरे बिहार आवत बाड़ेन.

4. नियुक्ति पत्र विवाद पे RJD के BJP पे हमला

नियुक्ति पत्र वितरण मामला के लेके राजद प्रवक्ता चित्तरंजन गगन कहलन कि साहस बा त बीजेपी बतावे जेकरा के नियुक्ति पत्र बांटल गईल बा. ओकर विज्ञप्ति कब भईल रहे?

5. VIP प्रमुख मुकेश सहनी प्रत्याशी नीलाभ के पक्ष में कइलन रोड शो.

कुढ़नी उपचुनाव के लेके VIP प्रमुख मुकेश सहनी रोड शो कइलन. ऐ दौरान कहलन कि कुढ़नी विधानसभा उप चुनाव में इहां सर्व समाज वीआईपी के साथे बा.

6. फिल्म के शूटिंग लायक बा वाल्मीकिनगर – तेजस्वी यादव

उप मुख्यमंत्री तेजस्वी यादव चंपारण जिला के यात्रा के उपरांत प्रभात खबर से बातचीत में कहलन कि चंपारण खूबसूरत जगह बा. वाल्मीकिनगर में फिल्म उद्योग के भी बहुत संभावना बा.

7. वैशाली में पेट्रोल टैंकर में भइल भीषण विस्फोट.

वैशाली जिला में पेट्रोल टैंकर फटे से 3 लोग के मौत हो गईल. जानकारी के अनुसार हाजीपुर-मुजफ्फरपुर एनएच 22 पे बुधवार के पेट्रोल टैंकर फटे से 3 लोग के घटनास्थल पर ही जान चल गईल.

8. जनकपुरधाम में विवाह पंचमी महोत्सव आज से शुरू

पड़ोसी देश नेपाल के जनकपुर धाम में सात दिवसीय विवाह पंचमी महोत्सव 23 नवंबर दिन बुधवार से भगवान श्रीराम के नगर भ्रमण कार्यक्रम के साथे ही शुरू हो गईल बा.

9. थिएटर के महफिल से सजल बा सोनपुर मेला

कार्तिक पूर्णिमा के दिन से शुरू होखे वाला सोनपुर मेला में लोग कबो जानवर अऊर पशु के देखे आवत रहे लोग. लेकिन अब लोग इहां लागल थियेटर में स्टेज पे नाचे वाली लड़की के देखे खातिर आवत बा लोग.

10. भागलपुर अऊर आस-पास में पछुआ से रात में बढ़ल ठिठुरन.

बिहार में अब ठंड बढ़े लागल बा. पछुआ हवा के बहे से रात के पारा लगातार पिछले कुछ दिन से लुढ़कल जाता.

Next Article

Exit mobile version