Bhojpuri News Bulletin: भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के बड़हन खबर, जानी आपन प्रदेश अउर शहर के हाल

Bhojpuri News बिहार में सियासी हलचल से लेके अपराध अउर शिक्षा से जुड़ल हर तरह के घटना के खबर भोजपुरी में देंखी . साथे ताजा खबर से अपडेट रहे खातिर prabhatkhbar.com पर बनल रहीं.

By Prabhat Khabar Print Desk | November 24, 2022 7:44 PM

Today Bhojpuri Bulletin: आज की ताजा खबरें भोजपुरी में, Top Bihar News in Bhojpuri | Prabhat Khabar

1. बिहार में हर महीना तीन एडीएम के कइल जाई सम्मानित.

राजस्व भूमि सुधार विभाग के मंत्री आलोक मेहता कहलन कि हर एक महीना तीन बेहतर काम करे वाला एडीएम के सम्मानित कईल जाई. ऐकरा लेके सूची जारी कईल जाई.

2. RJD सुप्रीमो लालू यादव शुक्रवार के सिंगापुर जइयेन.

RJD सुप्रीमो लालू यादव शुक्रवार के सिंगापुर जाइयेन सिंगापुर में उकंर किडनी ट्रांसप्लांट होई. लालू यादव के साथे राबड़ी देवी अऊर मीसा भारती सिंगापुर जाइयेन.

3. राजद के राष्ट्रीय कार्यकारिणी में कुछ ही नया लोग के एंट्री.

राजद के राष्ट्रीय कार्यकारिणी के गठन हो गईल बा. बुधवार के राष्ट्रीय कार्यकारिणी के समूचा सूची भारत निर्वाचन आयोग के भेज दियल गईल बा.

4. मोहन भागवत 28 के आइयेन दरभंगा.

आरएसएस प्रमुख मोहन भागवत 28 नवंबर के मिथिला प्रवास पे रहियेन. उ दरभंगा अऊर मधुबनी में संघ से जुड़ल कुछ खास कार्यक्रम में शामिल होखियेन.

5. 27 के चुनल जाइ जदयू के नया प्रदेश अध्यक्ष.

जदयू के राज्य निर्वाचन पदाधिकारी जनार्दन प्रसाद सिंह बतइलन कि प्रदेश अध्यक्ष पद खातिर 27 नवंबर के चयन होई. 26 नवंबर के नामांकन कइल जाई.

6. पटना में दु किलो सोना के लूट.

पटना में बाइक सवार अपराधी गुरुवार के सुबह एगो दुकान से दु किलो सोना अऊर ढाई लाख नकदी लूट लेलसन. घटना को अंजाम देवे के बाद अपराधी फायरिंग करत फरार हो गयेलन.

7. दिल्ली-हावड़ा रूट पे बुलेट ट्रेन जल्द.

दिल्ली-हावड़ा रूट पे बुलेट ट्रेन जल्द शुरू होई. ऐकरा खातिर विभाग जमीन चिह्नित करे के तैयारी में बा. ऐकर परिचालन से पटना से दिल्ली तक के सफर महज छह घंटा में पूरा हो जाई.

8. सृजन घोटाला के मुख्य अभियुक्त रजनी प्रिया 5 साल से फरार.

सृजन घोटाला मामला में फरार अभियुक्त रजनी प्रिया के तलाश सीबीआइ शुरू कर देले बा. बुधवार के सीबीआइ टीम भागलपुर पहुंचल अऊर आधा दर्जन सार्वजनिक जगह पे पब्लिक नोटिक चिपकइलस.

9. बिहार में नया दारोगा के 30 नवंबर तक देवे के होई योगदान.

बिहार में नवनियुक्त दारोगा के 30 नवंबर तक कवनो हाल में योगदान देवे के होई. 30 नवंबर तक योगदान ना देवे वाला नवनियुक्त दारोगा के नियुक्ति रद्द मानल जाई.

10. पटना के हवा में 500 तक पहुंचल पीएम-10 के स्तर.

पटना में धूलकण शहर के पर्यावरण खातिर एक बड़ समस्या बन के उभरल बा. इहां पीएम-2.5 और पीएम-10 के अधिक मात्रा क्रमश: 420 अऊर 500 के खतरनाक स्तर तक पहुंच गईल बा.

Next Article

Exit mobile version