पटना : पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी ने कहा कि पिछले पंद्रह सालों में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार ने कोई उल्लेखनीय कार्य नहीं किया है. अपने ठेठ भोजपुरी अंदाज में उन्होंने कहा है कि नीतीश कुमार 15 बरिस पति-पत्नी के राज होवे के रोजे चर्चा करअ ताड़न. बाकी महिला के मरम उ कभी ना जान सकलन. ई लोग औरत के पैर के जूती समझअता. ई लोग महिला के साथ नाइंसाफी करता कौनो मोल ना दिहलन और जीयल मुहाल कर दिहलस.
औरत के श्राप से त ऋषि -मुनी भी नईखे बाचल, त ई लोग कौन खेत के मुरई बा. पूर्व मुख्यमंत्री ने कहा है कि नीतीश जी भाषण में एके बात बोलअ ताड़न की 15 बरिस पहिले पति-पत्नी के सरकार में सुरक्षा अवरू कानून व्यवस्था ठीक ना रहे.
ई 14 बरिस में कवन सा पहाड़ उलट देले बाड़न. इनकर शासनकाल में दिनदहाड़े हत्या, मारपीट, बलात्कार, अपहरण इत्यादि के घटना घट रहल बा. नीतीश जी औरत के आह बेकार ना जाई.
